Bhojpur bhule bisre shayari


काहे बनावत बाडू बालू पर महल, एक दिन खुदे मितायिबू तू ,
आज कहबू की हमरा से प्यार बा तहरा, एक दिन हमार नाम तक भूल जई बू तू...


----------------------------------------------------------------------------------------------
" जे केहू कभी आपन रहल उ आज एक अनजान हो गईल
जे अब मिल ना सकेला आज एक नई पहचान हो गईल "

" काहें याद मिलन क एक बेर भी ना कईलु
छोड़ी मोरी नगरी तू कवने नगर चली गईलू "

" तोहरे प्यार क दीपक हम अपने दिल में जलवली
तोहरे ही दुनिया के हम अपन जहां समझली "

" कवने लालच में ईमान खराब कई देहलू
हमरे अटूट विश्वाश से काहें छल कईलु "

" आपन ईमान भगवान् सब बेच देहलू
कुचल मानवता कदमो तले चली गईलू "

" प्रेम एक अनमोल खजाना तू कहलू
धन के आगे आखिर तू झुक गईलू "

" जवने बुराईयों से दूर भागत रहलू
आज वही के दिल में बसवलू "

" प्रीत क ई कईसन रित निभवलू
प्रेम शीश महल के खंडहर बनवलु "

" आँख में जमुना जी क पानी ढल रहल बा
तोहरे ही आग से दिल आज जल रहल बा "

-----------------------------------------------------------------------------------------------



जिंदगी भर हम जिंदगी से दूर रहनी ,
तहरा खातिर हम अपनों से दूर रहनी ,
अब एह से बढ़ के वफ़ा के सजा का होई ,
तहार हो के तहरो से दूर रहनी |


पवन के छुअन से, केहु के एहसास होत बा,
ईहो अब अपना साथ, कुछ उडावे लागल बा।
अलगे एगो खुश्बु, साँस से दिल मे मिलत बा,
अउर हर महक, अब त बहकावे लागल बा।।



दिल से निकलल हर बात एगो जज्बात होला
प्यार से बोली वोह बोली के एगो अजबे सौगात होला
कबो आजु ले अघाईल नईखे एह नेह छोह के बोली पे
जब दिल टुटेला त आंखि से भादो असि बरसात होला..



सांस रुक जाई त रुक जाई जिंदगी
हर सांस में तू ही समाइल बाडू
ह्र दिन करी जतन भूल जाए खातिर
एक पल भी कहाँ तू भुलैइल बाडू...



आकाश के चमकत तारा देखि तोहार नयन क याद आ गईल
चिडियों के चहकत देखि तोहार हंसी खिलखिला गईल
देखि चन्द्रमा सी मूरत चेहरा तोहार छा गईल
तोहरे याद के वियोग में नैनन में नीर भर गईल
ह्रदय दुख से बा बोझल अरमान सब जल गईल
कहें छोड़ चली गईलू सारी नेहियाँ विसरा के
छोड़ देहलू इहंवा आपन याद इन्तजार के..



ऐसे न चाल चल पवन हरजाई॥
लागल झुलानिया कय तार टूट जायी,
हंस हंस के न बात कर होय जग हसाई
लागल उमारिया कय ले छूट जायी॥

 

Latest Bhojpuri Lyrics with Video in Hindi Browse and Download links info. © 2015 - Designed by Raj, Plugins By Desi katta